अखंड भारत




भोजपुरी पूर्णिका _अखंड भारत।

सबसे महान ह देश हमार होई ना कबो अखंड भारत ।
सभ प्रांत के अटूट जोड़ होई ना कबो खंड खंड भारत।

तेजस और रफाल के हवा उड़ान के केवनो जोड़ नइखे।
जमीन जल ओरी आकाश में बन गइल दबंग भारत।

देश के बारूद खाली गरजेला ना दुश्मन पर बरसेला बड़ा।
जाबांज जवानन के फौलादी हौसला करेला घमंड भारत।

हर समय रहेला तैयार करेके आरपार दुश्मन से देश हमार ।
आतंकी संपेरन के डंस मारे खातिर बनेला भुजंग भारत।

गंगा यमुना नर्मदा के पावन धरती माटी माथे लगाईला हम।
जे देखे टेढ़ी आंख हमके नोच के आंख करेला बेदम भारत।

श्याम कुंवर भारती।
बोकारो, झारखंड




   16
2 Comments

बेहतरीन

Reply

Gunjan Kamal

05-Dec-2023 11:41 PM

👌👏

Reply